जापान में शिंजो एबे के तिसरका बार सरकार

 

जापान में संसदीय चुनाव मे प्रधान मंत्री शिंजो एबे के नेतृत्व वाला सत्ताधारी गठबन्धन के टिकाऊ सरकार बनावे जोक बहुमत मिल गइल बा आ अब जापानी संसद के हर समिति के अध्यक्षता एही गठबन्धन के मिल जाई. जापान के इतिहास में सबसे बेसी दिन ले प्रधानमंत्री रहे वाला शंजो एबे तिसरका बेर प्रधानमंत्री बनीहें. 2012 में ऊ पहिला बेर प्रधानमंत्री बनल रहलें. शंजो एबे अब जापान के संविधान में बदलाव करे के आपन पुरान सपना पूरा कर सकीहें. जापानी संविधान में युद्ध से साफ मनाही के प्रावधान बा. मौजूदा हालात में जापानी सेना अपना के सुरक्षा के मकसद से काम करे वाली बतावेले बाकि अब हालात बदल जाई आ जरुरत पड़ले प जापान अपना दुश्मन देश प हमला कर सकी.

Leave a Comment