डीडीसीए मानहानि ममिला

डीडीसीए मानहानि ममिला में दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल समेत आम आदमी पार्टी के अवुरी नेता के खिलाफ आज पटियाला हाउस कोर्ट आरोप तय क दिहलस।

ए ममिला में अरविंद केजरीवाल आ अवुरी आरोपी अपना ऊपर लागल आरोप के खंडन कइले अवुरी ए मामला में ट्रायल के मांग कइले। अदालत ए मामला में अगिला सुनवाई 20 मई के करी।

मालूम रहे कि, अरविंद केजरीवाल अरुण जेटली प दिल्ली अवुरी जिला क्रिकेट एसोसिएशन (डीडीसीए) में भ्रष्टाचार के आरोप लगवले रहले।

जेटली साल 2013 तक डीडीसीए के अध्यक्ष रहले। उ इ पद 13 साल तक संभलले रहले। आरोप के खिलाफ जेटली अदालत गईले अवुरी केजरीवाल के खिलाफ 10 करोड़ रुपया के मानहानि दावा कईले।

 

एकरा अलावे उ पटियाला हाउस कोर्ट में एही मामला में आपराधिक मानहानि के मामला दर्ज करववले बाड़े।

Leave a Comment