मनीषा श्रीवास्तव के होली के गीतन के एल्बम 5 फरवरी के लांच होखी

आज जब श्लील गीतन के बात होता , त एगो भोजपुरी के पारंपरिक गीतन के अपने मखमली आवाज से सजावे आ सँवारे वाली गायिका मनीषा के इयाद करल जरूरी हो जाला । आज ले हम उनुका जेतनी गीत सुनले बानी, सब गीतन मे अपने माटी के सुगंध पवले बानी । कबो “मिथिला नगरिया मे शोर भइलें” , त कबों “अँगना मे रोवेली दुलारी धिया”  त कबों कवनों आउर , उनुकर गावल कूल्हे गीत मन के झकझोर जाले । हमरे खाति त उ हमार छोट बहिन बानी । उनके प्रगति ला हमार आशीष त बड़ले बा , रउरो सभे उनके होली पर आ रहल एलबम के अपने नेह छोह से नवाजी ।

Leave a Comment