रक्षा मंत्रालय पहिला बेर देवीशक्ति का जिम्मे

मीडिया के अटकर पचीसी के एक बेर फेरु झूठ करत नरेन्द्र मौदी अपना मंत्रीमंडल के पुनर्गठन क दीहलें. कवनो मीडिया ई  बदलाव का बारे में सही खबर ना जुटा पावल आ इहे बतावत बा कि देश के कमान एगो मजबूत हाथ में बा आ एगो सुखद बदलाव के आशा कइल बेकार नइखे जाए वाला.
सबले बड़ खबर निर्मला सीतारमण के रक्षामंत्री बनला के मानल जा सकेला. पहिला बेर कवनो महिला मंत्री का जिम्मा ई विभाग आइल बा. एकरा पहिले इन्दिरा गाँधी जरुरे अपना सरकार में एह मंत्रालय के एक बेर सम्हार चुकल बाड़ी.
मौजूदा मंत्रीमंडल में हाल ले राज्य मंत्री रहल चार गो मंत्रियन के प्रोमोशन क के अब कैबिनेट मंत्री बना दीहल गइल बा. एह में शामिल निर्मला सीतारमण के रक्षा मंत्री, धर्मेन्द्र प्रधान कौशल विकास मंत्री, पीयूष गोयल रेल मंत्री आ मुख्तार अब्बास नकवी के अल्पसंख्यक मामिलात के मंत्री बनावल गइल बा.

Leave a Comment