राहुल बाबा की जुबान से ……

….वडोदरा मे भाषण देत राहुल बाबा अचके मे कह गईले की ” क्या कभी शाखा में महिलाओं को देखा है शॉर्ट्स में?” अरे अब इनका के का कहल जाओ की बाबा बोलला के पहिले तनी सोच ली । खैर हमहू केकरा के कहअ तानी , अगर एतने दिमागवा रहित त अइसन बतवे ना  कहतन । जाए दिही , लाईका समझ के माफ क दिवाव । लेकिन हमरा अचरज ए बात के लागा ता की कांग्रेस पार्टी मे एतना दिग्गज लोग के  रहला के बाबजूद , लोगवा ई काहे बरदास करेला । खैर पार्टी के भविष्य त लयुकते बा । लेकिन राहुल बाबा के जानकारी खातिर हम बता दी की आरएसएस मे राष्ट्र सेविका समिति नाम के महिला विंग है। जेकर स्थापना साल 1936 मे भइल रहे जेकर देश भर मे 4700 शाखा मौजूद बा ।

Leave a Comment